शुभकामना

पंकज प्रवीण

नया साल में भोजपुरी में सबसे इहे सवाल बा ...
प्यार बहुत बा दुनिया में फेर काहे मचल बवाल बा ..

नया साल में हर कोई संकल्प करेला सुख शान्ति के
लेकिन हर पल बात जुबा पर अउर दिल में रहेला क्रांति के.
हर कही अउर हर जगह पर नफरत के ही उबाल बा
प्यार बहुत बा दुनिया में फेर काहे मचल बवाल बा ..

मानव जाति का बारे में सुनीला सभ समझदार रहेला
पर दुनिया में देखिना की मानव ही संहार करेला
दीप जलावल गईल प्यार के त फइलल काहे अन्हार बा
प्यार बहुत बा दुनिया में फेर काहे मचल बवाल बा ..

सोचीना की नया साल में कोई अइसन जोती जल जाइत
सभ दुःख पीडा मिट जाइत सब का के मोती मिल जाइत
हमरो दुवा काम आ जाइत सबके मनमे इहे बिचार बा
प्यार बहुत बा दुनिया में फेर काहे मचल बवाल बा ...


पंकज प्रवीण भोजपुरी के उभरत गायक हउवन जिनकर एगो म्यूजिक अलबम रिलीज हो चुकल बा आ दोसरका के रिकार्डिंग होखे वाला बा. नया पीढ़ी का गायकन में पंकज के जगहा अलगा से बा काहे कि ऊ दुअर्थी गीतन से परहेज करेलन आ भोजपुरी में अश्लील गीतन के पुरजोर विरोध करेलन.